मंगलवार, 6 दिसंबर 2022

हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना

अईंली आधी रात सेजिया 
लागी गउवे निंदिया 
रिसाई गईले ना हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना----

बहुत दिननवां पे पिया घरे अइले
दिनवां बितवले कइसों सांझि के बोलवले
ऐसन बवाल बाड़ी ससुई ननदिया    
रिसाई गईले ना हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना---

अबहीं अघाई के ना कवनो भइलीं बतिया 
रूसले मनवले में बीति गइल रतिया
केतनों डोलाईं हम रस-रस बेनिया
रिसाई गईले ना हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना---   

कांची उमरिया में गवना ले अइले
बारी बा उमर अबहीं बाबूजी बतवले 
होत भिनुसार दिन लेके अईले भईया 
रिसाई गईले ना हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना---

डोलिया कंहरवा दुवरवे पे रहले
भईले निर्मोही बिना बोलले चलि गईले 
कईसे बुझाई अपने हियवा के अगिया 
रिसाई गईले ना हमरो पिया परदेशिया रिसाई गईले ना---

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें