गुरुवार, 8 दिसंबर 2022

भोजपुरी आइटम गीत

कइले बा बदनाम हमें कमबख्त जवानी हो गईल
बांके नयन पर चढ़ल जोबन पर 
बिजुरी बदनवां हो गईल
कइले बा बदनाम हमें कमबख्त जवानी हो गईल ,

जबसे लागल साल सोलहवां राह चलल दुश्वार भईल 
दम-दम दमके चाँद सा मुखड़ा लोगन क बुरा हाल भईल
ना कवनों सिंगार ना मोतीयन के हार हुस्न गहनवां हो गईल 
कइले बा बदनाम हमें कमबख्त जवानी हो गईल ,

महुआ ऐसन गदरल जवानी जियरा के जंजाल भईल 
गाल गुलाबी नैन शराबी ओठ क लाली काल भईल 
बलखाती कमर पे तिरछी नजर पे कातिल कजरवा हो गईल
कइले बा बदनाम हमें कमबख्त जवानी हो गईल ,

मुड़-मुड़ के देखें मोहे बटोही मतवारी जब चाल भईल 
सीने से ढलके लाल दुपट्टा बाबा रे इ का हाल भईल 
नागिन सी लट पे अदा के झटके लट्टू जहनवा हो गईल
कइले बा बदनाम हमें कमबख्त जवानी हो गईल ।

शैल सिंह 


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें